(पनीया लाले लाल , ए गऊरा हमरों के चांहीं)2
(पनीया लाले लाल, पनीया होऽऽ)2
पनीया लाले लाल , ए गऊरा हमरों के चांहीं
(पनीया लाले लाल , ए गऊरा हमरों के चांहीं)2
(1) (एअड़ भंगिया तू रही गईल भोला)2
(लाले लाल पानी कह, काहांवा ई होऽला)2
(खरीदे के परिहे गुलाल हो,)2
ए गऊरा हमरों के चांहीं
(पनीया लाले लाल , ए गऊरा हमरों के चांहीं)2
(2) (हमरा से गऊरा गुलाल कइसे आई)2
(एको नइखे हमरो धोकरीयो में पाई)2
(रचि दिहलू बड़ा काजवाल हो, आहे)2
ए गऊरा हमरों के चांहीं
(पनीया लाले लाल , ए गऊरा हमरों के चांहीं)2
(3) (सबका के देल बाबा, महल अटारी)2
(अपने रहेला तुहूं बनके भिखारी)2
(धनी- धनी ताहरो कमाल हो, आहे)2
ए गऊरा हमरों के चांहीं
(पनीया लाले लाल , ए गऊरा हमरों के चांहीं)2
।। दुगुन ।।
(पनीया लाले लाल , ए गऊरा हमरों के चांहीं)2
(हम होखल चाह तानी खुबे लाल हो)2
ए गऊरा हमरों के चांहीं
(पनीया लाले लाल , ए गऊरा हमरों के चांहीं)2
Comments
Post a Comment