Skip to main content

Kaisan Bade Piya Ke Nagariya nirgun lyrics कइसन बाड़े पिया के नगरिया निर्गुण भजन

 

———————————————----------------------

निर्गुण भजन - कइसन बाड़े पिया के नगरिया 

—--------–—-- ।। स्थाई ।। —---------------

कइसन बाड़े पिया के नगरिया

आऊ उधो बाबा हमके बतईत ए राम

बावे कईसन उहां के डगरिया 

उधो बाबा हमके बतईत ए राम

—--------–—-- ।। अंतरा 1 ।। —---------------

कईसन होला उहां घर दुआर 

कईसन बा उहवां के लोग

ए बाबा कईसन बा उहवां के लोग

का बावे उहवां के बिधि बेवहार 

ए बाबा का लागे भोजन भोग

कईसे लड़ी पिया से नजरिया

उधो बाबा हमके बतईत ए राम

बावे कईसन उहां के डगरिया 

आऊ उधो बाबा हमके बतईत ए राम

—--------–—-- ।। अंतरा 2 ।। —---------------

ओतहूं का होखे हित हिताई

सबका से जुडेला का नाता

ए बाबा सबका से जुडेला का नाता

पूछे अवधेश अजय बिहारी

सुगम के नाही बुझाता

ए बाबा , चंदेश्वर के नाही बुझाता

ओतहूं लगेला का ई माया के बजरिया

 उधो बाबा हमके बतईत ए राम

बावे कईसन उहां के डगरिया 

आऊ उधो बाबा हमके बतईत ए राम

🏠 Sangeet Raag Shashtra

🌿 list of all content (सभी पोस्ट की सूची)🌿 

Comments