गीत- निमिया के डाढ़ी मईया डालेली असनवा की झूमीं झूमीं
गायक- भरत शर्मा (व्यास)
।। स्थायी ।।
(निमिया के डाढ़ी मईया)2
डालेली असनवा की झूमीं झूमीं ना,
(मईया झुलेली झुलनवा की झूमीं झूमीं ना)2
(निमिया के डाढ़ी मईया)2
डालेली असनवा की झूमीं झूमीं ना,
(मईया झुलेली झुलनवा की झूमीं झूमीं ना)2
।। अन्तरा ।।
(1) (सातो रे बहिनीयां के भैरो हवे भईया,
आदी शक्ति देवी के अनेक बाटे नईया)2
(जेकरा सहारा नईखे)2
राखेली सरनवा की झूमीं झूमीं ना,
मईया देली बरदनवा की झूमीं झूमीं ना,
(निमिया के डाढ़ी मईया)2
डालेली असनवा की झूमीं झूमीं ना,
(मईया झुलेली झुलनवा की झूमीं झूमीं ना)2
(2) (कामरु कमख्या कलकत्ता वाली काली
मईहर में शारदा, विंध्याचल विंध वाली)2
(काश्मीर में वैष्णो देवी)2
जानेला जहनवा की झूमीं झूमीं ना
भक्त करे दरसनवा की झूमीं झूमीं ना
(निमिया के डाढ़ी मईया)2
डालेली असनवा की झूमीं झूमीं ना,
(मईया झुलेली झुलनवा की झूमीं झूमीं ना)2
(3) (आरा अयरन देवी, विधियां में महथीन दायी
शितला बनारस बाड़ी, अन्नपूर्णा माई)2
(बाड़ा भीड़ होला ओईजा)2
बाड़ा भीड़ होला, धनतेरस के विहनवा की झूमीं झूमीं ना
मईया देली अनधनवा की झूमीं झूमीं ना
(मईया झुलेली झुलनवा की झूमीं झूमीं ना)2
(4) (रजरप्पा क्षीण मस्ति काठहूर तारारानी
बाड़ी उजियार घाट मंगला भवानी)2
(गहमर सकरा गढ़ में)2
कमख्या असथनवा की झूमीं झूमीं ना
करे बचाउ बाबा पूजनवा की झूमीं झूमीं ना
(मईया झुलेली झुलनवा की झूमीं झूमीं ना)2
(5) (भानवी भवानी पटन देवी थावे वाली
बाड़ी डुमरांव डुमरेजनी अउर काली)2
(सावन सप्तमी के चढ़)2
पूवा पकवनवा की झूमीं झूमीं ना
भक्त गावेला भजनवा की झूमीं झूमीं ना
(निमिया के डाढ़ी मईया)2
डालेली असनवा की झूमीं झूमीं ना,
Comments
Post a Comment