छठ गीत - भोरवे में नदिया ना आईला आदित मनाईला हो
singer - Anuradha Paudwal
।। स्थाई ।।
भोरवे में नदिया ना आईला आदित मनाईला होऽऽ
बाबा फूलवा अक्षतवा चढ़ाईला, सब गुण गाईला हो 1+1ch
बाबा फूलवा अक्षतवा चढ़ाईला सब गुण गाईला हो !!
।। अन्तरा ।।
1) (अस धरवाईब सईया अन्हरिया से बाझिन हो
बाबा अँगने में मांगीला अंजोर ई मथवा नवाईला हो
बाबा अँगने में मांगीला अंजोर ई मथवा नवाईला हो !
2) (गजमोती चउका पुराईला अंचरा बिछाईला हो
बाबा अँगने में फूलवा तs लागेला फलवा न खाईला हो
बाबा अँगने में फूलवा तs लागेला फलवा न खाईला हो !
3) (ताना देके कहेले गोतीनिया ई बाँझ बा बहिनिया नु हो
बाबा सुनी सुनी बोलिया गोतीनिया के लोरवा बहाईला हो
बाबा सुनी सुनी बोलिया गोतीनिया के लोरवा बहाईला हो !
4) (चुप रहु धीर करू दुखिया ना सुन रही कोखिया नु हो
बस आजु के नव ये महिनावा होरिला मुस्काईला हो
बस आजु के नव ये महिनावा होरिला मुस्काईला हो !
बाबा फूलवा अक्षतवा चढ़ाईला सब गुण गाईला हो
बाबा फूलवा अक्षतवा चढ़ाईला सब गुण गाईला हो !!
Comments
Post a Comment