gharava aaib na e jaan simave par machal baate holi lyrics bharat Sharma घरवा आईब ना ए जान सिमवा पर मचल बाटे होली
होली भोजपुरी - घरवा आईब ना ए जान सिमवे पर मचल बाटे होली
।। स्थाई ।।
घरवा आईब ना ए जान, सिमवे प मचल बाटे होली
घरवा आईब ना ए जान! घरवा आईब ना!
घरवा आईब ना ए जान! घरवा आईब ना ए जान!
सिमवे प मचल बाटे होली
घरवा आईब ना ए जान, सिमवे प मचल बाटे होली
।। अंतरा ।। 1 ।।
देहब खून के निशान, देहब खून के
देहब खून के निशान, देहब खून के निशान,
गोली से भरल बडुए झोली
घरवा आईब ना ए जान, सिमवे प मचल बाटे होली
।। अंतरा ।। 2 ।।
गहुवन के बिलिया में हाथ जवन डाली
दोस्ती के नाम प अ दावत जे निकाली
गोरी ओकरे निकाले के बा प्राण, हो
गोरी ओकरे निकाले के बा प्राण, सिमवे प मचल बाटे होली
(घरवा आईब ना ए जान, सिमवे प मचल बाटे होली)2
।। अंतरा ।। 3 ।।
खुली अब शिव जी के तिसरा नयनवा
आर न त पार बाटे देश के ऐलानवा
अब अतना ही सही हिन्दुस्तान, होऽ
अब अतना ही सही हिन्दुस्तान, सिमवे प मचल बाटे होली
(घरवा आईब ना ए जान, सिमवे प मचल बाटे होली)2
।। अंतरा ।। 4 ।।
रही पुचकारी हमार अगिनी मिसाईल
दुश्मन के छुटजाई सब फूट पुटाईल
होई अबकी जुद्ध घमासान होऽऽ
होई अबकी जुद्ध घमासान, सिमवे प मचल बाटे होली
(घरवा आईब ना ए जान, सिमवे प मचल बाटे होली)
।। अंतरा ।। 5 ।।
बचीके ज अइबो त तिलक लगइह
होइबो शहीद तबो आसु जन बहइह
आहे! दिहब शिवपुरी बलिदान होऽऽ
आहे! दिहब शिवपुरी बलिदान, सिमवे प मचल बाटे होली
(घरवा आईब ना ए जान, सिमवे प मचल बाटे होली)5
----------------------------------------------
Comments
Post a Comment