होली भोजपुरी - अरे जीजा तोहार रंग मरचाई लेखा लागे
।। स्थाई ।।
फगुओ के दिन केहू करेला का अईसे, " अच्छा ! "
अपना जीजाजी संगे करतारु जईसे,"हम ठीक करतानी!बुझनी?"
फगुओ के दिन केहू करेला का अईसे " अच्छा ! "
अपना जीजाजी संगे करतारु जईसे
डाले खातिर बईठल बानी, काहें डलवावेलु ना हमके बोलाके
" अच्छा ! "
(अरे जीजा तोहार रंग मरचाई लेखा लागे
लागता लेयाईल बाड़ केमिकल मिलाके)
" अरे बाप रे! सब देह भभाता ! "
--(जीजा तोहार रंग मरचाई लेखा लागे
लागता लेयाईल बाड़ केमिकल मिलाके)
।। अंतरा ।। 1 ।।
छोड़ जाए द ए साली , खिसियाईल ना जाला
" हटी अब बात मत बनाई !"
माना करतारु अतना, भाव खाईल ना जाला
हो तू त घात कईले बाड़ ए जीजाजी
गन्दा बात कईले बाड़ ए जीजाजी
तोहरा के देखले प " का ?"
तोहरा के देखते गजब फिलिंग जागे " आई हो दादा ! "
---(जीजा तोहार रंग मरचाई लेखा लागे
लागता लेयाईल बाड़ केमिकल मिलाके)2
।। अंतरा ।। 2 ।।
स्पेशल ह ब्रांड, नुकसान ना करी
" रउवे जानतानी ? "
बाटे घोरल हमार रंगवा, अब जियान ना करीं
ना छोड़वलो से छूटे ए जीजाजी,
लहर देहिया में उठे ए जीजाजी
दुरे दुरे भागेलु का, दुरे दुरे भागेलु का अतना डेराके
" सुनिए ! "
---(अरे जीजा तोहार रंग मरचाई लेखा लागे
लागता लेयाईल बाड़ केमिकल मिलाके)
" अरे बाप रे! सब देह भभाता ! "
(जीजा तोहार रंग मरचाई लेखा लागे
लागता लेयाईल बाड़ केमिकल मिलाके)
Comments
Post a Comment