होली भोजपुरी गीत - जुगे जुगे जियत रह खूबे चोली सियत रह
।। स्थाई ।।
कई गो दरजिया से कईनी ह मीटिंग
कवनो ना देलस सुन एतना सुन्दर फिटिंग)2
अईहे अगुआ फगुआ में तुहु अमृत पियत रह
--(जुगे जुगे जियत रह खूबे चोली सियत रह)2
।। अंतरा ।। 1 ।।
दिल से दुआ बा तोहार चुकी नाही करजी
स्वर्गे में सीधे जाले तोहरा जईसन दरजी
ना तनिको बड़ होला ना तनिको छोट हो
बिना नापिये के सील देल पेटीकोट हो
बिया नवसिखिया ननदी देत तू नसीहत रह
--(जुगे जुगे जियत रह खूबे चोली सियत रह)2
।। अंतरा ।। 2 ।।
हो गईनी ग्राहक हमहू बुझ परमानेंट के
दे तानी दाज आज तोहरा मेजरमेंट के
अँखिये से जान जाल कईसे तू साईज हो
तोहरा के मिली मुहमाँगा प्राइज हो
बोस प्रमोद बनल रहे खैरियत रह
--(जुगे जुगे जियत रह खूबे चोली सियत रह)2
Comments
Post a Comment