शिव भजन- धनिया देवघर चलाना
गायक भरत शर्मा
।। स्थायी ।।
(आईल सावन के रे महीनवा)2
धनिया देवघर चल ना
आईल सावन के रे महीनवा
धनिया देवघर चल ना
( लेके कांवर चल ना)2
(आईल सावन के रे महीनवा
धनिया देवघर चल ना)2
1) (गेरुआ रंग रंगा ल चुनरी
शिव महिमा से जिंनगी सवरी
फर-फर चल ना
(कांवर लचकत लेईके कन्हवा
धनिया देवघर चल ना)2
---आईल सावन के रे महीनवा
धनिया देवघर चल ना
2) (सिर पर चंदा ज्योति विराजे
जटा जूट में गंगा राजे
शिव के दर पे चल ना
(पूरीहे मन के आज सपनवा
धनिया देवघर चल ना)2
---आईल सावन के रे महीनवा
धनिया देवघर चल ना
3) (शिव दयालु अवघड दानी
पल में हरिहे सब हलकानी
बोलत हर-हर चल ना
(होईहे बाबा के दर्शनवा
धनिया देवघर चल ना)2
---आईल सावन के रे महीनवा
धनिया देवघर चल ना
4) (शिव दर्शन से नैन जुड़ईहे
भोला भरत के साच पूरईहे
अमृत भर भर चल ना
अमृत भर भर चल ना
धनिया देवघर चल ना
---आईल सावन के रे महीनवा
धनिया देवघर चल ना
-----पुनः----
आईल सावन के रे महीनवा
धनिया देवघर चल ना
( लेके कांवर चल ना)2
(आईल सावन के रे महीनवा
धनिया देवघर चल ना)2
Comments
Post a Comment