होली भोजपुरी - आ जा ना फगुनवा में देहरादूनवा सईया छोड़ के
।। स्थाई ।।
छोड़ के ! छोड़ के ! छोड़ के !
(सबके मेहरिया हँसे होली के महिनवा हो
बाकी हमार बढ़ल बाटे दुःख दुनवा हो)2
खूबे लगईह रंग घोर के!
(आ जा ना फगुनवा में देहरादूनवा सईया छोड़ के)2
।। अंतरा ।। 1 ।।
सरधा प गरदा लगवल बलमुआ, तनिको नाही मोहईल हो
कई के वादा बदलल ऐ राजा, अंग ना रंग से भिजईल हो
भिजईल हो !
सुन !
अरे आल रोवेला हो! हमार गाल रोवेला
हुड़का ठोके खातिर फगुआ के ताल रोवेला
अरे रोकी कईसे रुके ना लोर केऽऽ
--(आ जा ना फगुनवा में देहरादूनवा पिया छोड़ के)2
छोड़ के ! छोड़ के ! छोड़ के !
।। अंतरा ।। 2 ।।
कहल की जा तानी टिकट करावे, आज ले टिकट भईल ना
तहरा कई गो संघतियन से कहनी,केहू प्लान कवनो कईल ना
केहू प्लान कवनो कईल ना !
अरे विजय चौहान हमार जान राजा हो
जल्दी चल आव रेलिया से सिवान राजा हो
अरे करिले निहोरा हाथ जोड़ के !
--(आ जा ना फगुनवा में देहरादूनवा राजा छोड़ के)2
Comments
Post a Comment