rangwa bhasurwa pe feka gail aa hamar bhitari le तले रंगवा भसूरे प फेका गईल, आ हमार भीतरी ले जिउवा लजा गईल
भोजपुरी होली - रंगवा भसूरे प फेका गईल, आ हमार भीतरी ले जिउवा लजा गईल
धईले रही रंग भर के एक बाल्टी, होई गईल भारी हमार इनसल्टी
धईले रही रंग भर के एक बाल्टी, होई गईल भारी हमार इनसल्टी
भागल देवरा लखेदनी लुका गईल,
---(तले रंगवा भसूरे प फेका गईल,
आ हमार भीतरी ले जिउवा लजा गईल!)
।। अंतरा ।। 1 ।।
होली है !
परल नजर गईल घुन्घे तनाई,घरवा में गईनी हम भाग के लजाई
परल नजर गईल घुन्घे तनाई,घरवा में गईनी हम भाग के लुकाई
की रहे जान नाही जिउवा सूखा गईल, आई हो राम !
---(तले रंगवा भसूरे प फेका गईल,
आ हमार भीतरी ले जिउवा लजा गईल!)
।। अंतरा ।। 2 ।।
होली है !
(कूदी कूदी रंग खेलब लागल रहे आश हो
क दिहले धोखा हमार देवरु प्रकाश हो)2
त जाके नीलकमल सबके जाना गईल
---(तले रंगवा भसूरे प फेका गईल,
आ हमार भीतरी ले जिउवा लजा गईल!)2
Comments
Post a Comment