देवी भजन- मईया के मुखड़ा निहाल कइले बा! का मांगीगायक - मनोज तिवारी
प्रेम से बोलिए सच्चे दरबार की! जय!
विंध्यवासिनी महारानी की! जय!
शीतला महारानी की! जय!
शीतला चौकियां भवानी की! जय!
मईहरवाली महारानी की! जय!
वैष्णो देवी महारानी की! जय!
।। स्थाई ।।
(मईया के मुखड़ा निहाल कइले बा! का मांगी
मईया के मुखड़ा निहाल कइले बा! का मांगी
भईली सहईया, मोर देवी मईया
नव देवी गौरी, सुख बरसईया
हमरा के माई मालामाल कईले बा)2
मईया के!
(मईया के मुखड़ा निहाल कइले बा! का मांगी)
।। अन्तरा ।।
1) (विंध्याचल की विंध्य भवानी, अष्टभुजा काली कल्याणी)
(अष्टभुजा काली कल्याणी) Chorus
जब से दर्शन करत बानी, सुख बरसे जस बरसे पानी
(सुख बरसे जस बरसे पानी) chorus
मईहर भवानी गईनी, जम्मू में कतरा
वैष्णो भवानी देवी, अब कईसन खतरा
मईया के किरपा कमाल, कईले बा
-- मईया के!
(मईया के मुखड़ा निहाल कइले बा! का मांगी)Ch2
2) (जब से चउंकियां गावे गईली, का बतलाई का पा गईली)
(का बतलाई का पा गईली)chorus
कडे मानिकपुर, माई बुला के,सुख भर दिहली सब दुनिया के)
(सुख भर दिहली सब दुनिया के) chorus
अदलपुरा के बडी शीतला भवानी,
जलते प्रकट भईलीं, दानी दयानी,
मईया के किरती आकाश धईले बा
-- मईया के!
(मईया के मुखड़ा निहाल कइले बा! का मांगी) Chorus
3) (भभुआ में पर्वत पर आसन,माई मुंडेश्वरी के सिंघासन)
(माई मुंडेश्वरी के सिंघासन) chorus
(वापी एक गुजरात में नगरी, विपुल देखवले माई के वखरी)
(विपुल देखवले माई के वखरी) chorus
माई गवावे, माई लिखावे,
सच्चे भगतन के हरसावे
मईया के नेहिया धमाल कईले बा, का मांगी!
-- मईया के!
(मईया के मुखड़ा निहाल कइले बा! का मांगी)
-------पुनः------
(मईया के मुखड़ा निहाल कइले बा! का मांगी
मईया के मुखड़ा निहाल कइले बा! का मांगी
भईली सहईया, मोर देवी मईया
नव देवी गौरी, सुख बरसईया
हमरा के माई मालामाल कईले बा)2
मईया के!
(मईया के मुखड़ा निहाल कइले बा! का मांगी)
(मईया के किरपा निहाल कइले बा! का मांगी)
Comments
Post a Comment