sajna Sayan hum nadan lyrics bari mori abahi umiriya बारी मोरी अबही उमरिया , सजना सयान हम नादान त कइसे के मदन राय के निर्गुण
निर्गुण - बारी मोरी अबही उमिरिया,
गायक - मदन राय
।। स्थाई ।।
(बारी मोरी अबही उमरिया)2
आ विधाता दिनवा धई दिहले ए राम,
बारी मोरी अबही उमरिया
विधाता दिनवा धई दिहले ए राम
(सजना सयान हम नादान त कइसे के
गवानवा हं जाईब ए राम)2
बारी मोरी अबही उमरिया
विधाता दिनवा धई दिहले ए राम
(सजना सयान हम नादान त कइसे के
गवानवा हं जाईब ए राम)2
।। अन्तरा ।।
1) (बाबा मोरा आइसन निरमोहिया)4
न मन में बिचरवा कइले ए राम,
(माई मोरा हीया के कठोर त
घरवा से निकाली ही दिहली ए राम)2
2) (नईहर में कुछ उ न सिखली)3
पिया के घर का ई करब ए राम
-- नईहर में कुछ उ न सिखली)
पिया के घर का ई करब ए राम
(कुसुम रंग पेन्हली चुनरिया ता
लाल रंग चादर मिलल ए राम)2
3) (डोलिया में हमके बिठाईके)2
कहांर चार लागी गइले ए राम
--डोलिया में हमके बिठाईके
कहांर चार लागी गइले ए राम
(सुसुकी सुसुकी माई रोवेली त
सखी पुका फारी रोवे ए राम)2
4) (धनी अब भईली ससुरईतिन)3
लवट फिर न आइब ए राम
--धनी अब भईली ससुरईतिन
लवट फिर न आइब ए राम
(दास ए कबीर निरगुन गावेलन
गाके समझावेले ए राम)2
-------पुनः------
--(बारी मोरी अबही उमरिया)2
आ विधाता दिनवा धई दिहले ए राम,
बारी मोरी अबही उमरिया
विधाता दिनवा धई दिहले ए राम
(सजना सयान हम नादान त कइसे के
गवानवा हं जाईब ए राम)4
Comments
Post a Comment