piyava ke aail BA khabariya lyrics nirgun sutal rahni bhorhariya ki dekhni ek sapanwa सुतले रहनी भोरहरिया, की देखनी सपन
निर्गुण - पियवा के आईल बा खबरिया
।। मुखड़ा ।। और ।। स्थाई ।।
आरे सुतले रहनी भोरहरिया, की देखनी सपनऽ
अजगु त ए राम!
होऽऽऽ होऽऽ होऽ
आरे सुतले रहनी भोरहरिया, की देखनी सपनऽ
अजगुत ए राम!
पियवा के आईल बा खबरिया
सजना के आईल बा खबरिया
जाएके ससुररीया बाटे ए राम
पियवा के आईल बा खबरिया
जाएके ससुररीया बाटे ए राम
(सुतले रहनी भोरहरिया, की देखनी सपनऽ
अजगुत ए राम!)2
(पियवा के आईल बा खबरिया)2
जाएके ससुररीया बाटे ए राम
सजना के आईल बा खबरिया
जाएके ससुररीया बाटे ए राम
।। अन्तरा ।।
1) (नईहर के लोग- बाग छूटी,
अरे नईहर के ऽऽऽ लोग- बाग छूटी
(नईहर के लोग- बाग छूटी)2
सखिया सहेलिया के साथ ए राम
(बाबुजी के छूटिहें दुअरिया )2
पिया के जात ए राम
(बाबुजी के छूटिहें दुअरिया )
पिया के जात ए राम)2
2) (अरे कईनी ना एकहूं धरमवा,
धरमवा! आऽऽ रेऽ
(कईनी ना एकहूं धरमवा,
सोंची के छतिया कांपे ए राम)2
(पूछिहें त का हम बताईब)2
(सजन जी के लगवा जा के ए राम)2
3) (संतोष राहुल कहे बतिया,
बतिया!ऽऽ , बतिया! आ ऽऽ
(संतोष राहुल कहे बतिया,
मानुष तनवा पाके ए राम)2
(जीवन असही बितवनी)2
माया के गठरिया बन्हाके के ए राम
(जीवन असही बितवनी
माया के गठरिया बन्हाके ए राम)
-------पुनः------
(सुतले रहनी भोरहरिया, की देखनी सपनऽ
अजगुत ए राम!)2
(पियवा के आईल बा खबरिया)2
जाएके ससुररीया बाटे ए राम
(पियवा के आईल बा खबरिया
जाएके ससुररीया बाटे ए राम)2
Comments
Post a Comment